11.17.07

जगजीत सिंह गवले पहिला बेर भोजपुरी गाना

Posted in ghazal, ghazal maestro, ghazals, jagjit, jagjit singh tagged , , , , , , , , at 3:02 pm by Amarjeet Singh

दुनिया भर में फैलल जगजीत सिंह के फैन लोग खातिर एगो नया खबर बा. विश्व-प्रसिद्ध गजल गायक जगजीत सिंह पहिला बेर फिल्म पुरब खातिर एगो भोजपुरी गाना गइलें ह. एह फिल्म में भोजपुरी सुपरस्टार मनोज तिवारी मृदुल मुख्य भूमिका में नजर अइहें.

बात अइसन भइल कि, मुम्बई में जगजीत सिंह के स्टुडियो में फिल्म पुरब के गीतन के मिक्सिंग चलत रहुये, ताले जगजीत जी घुमत- घामत ओहिजा आ गइलन. जवन गाना के मिक्सिंग चलत रहे, उ मनोज तिवारी मृदुल का आवाज में रिकार्डेड रहे.

गाना के धुन आ बोल सुन के जगजीत जी कहलन – “मुझे तो पता ही नहीं था कि भोजपुरी में इस स्तर के गीत भी रिकार्ड होते हैं. मैं इस गीत को गाना चाहता हुँ.” इ सुन के स्टुडियो में बैठल लोग के खुशी के ठिकाना ना रहल.

दु दिन बाद जगजीत जी आके लाल सिन्हा (संगीतकार) के बोलवलन आ कहलन – “आज मैं तुम्हारा गीत गा रहा हुँ.”

लाल सिन्हा खुशी का मारे फोन करुअन गीतकार बिपिन बहार के – “बिपिन बाबु, जल्दी गीत लेके आईं. जगजीत जी स्टुडियो में इंतजार करत बाडन.”

इ सुनला का संगे, मानो पांव में पाँख लाग गइल बिपिन के… गीत के रिकार्डिंग जगजीत जी के सुरमयी आवाज में शुरु भईल – ज़ब पूरब जागी, त होई सबेरा…

एह फिल्म के निर्माता बाडे मुर्तजा जाफरी, जबकि एकर निर्देशन अभयादित्य सिंह क रहल बाडे. फिल्म के गीत बिपिन बहार लिखले बाडे, आ ओकरा के अपना संगीत से सजवले बाडे लाल सिन्हा.

एह सब में एगो खास बात इ भी रहल ह कि, अपना जिन्दगी के पहिला भोजपुरी गाना खातिर जगजीत जी कवनो तरह के पारिश्रमिक ना लेहनी ह.

Source: bhojpuria.com

5 Comments »

  1. हो जी मं भी जगजीत दा भोत वड्डा फैन हां,

  2. Priyesh said,

    अरे वाह!! इ ता बड़ा अच्छा ख़बर बा भाई!!
    बहुत बहुत शुक्रिया बांटे खातिर
    :)

  3. Tinku Ansari said,

    he is my fevorite language. thanks for this portal purvanchal

  4. Tinku Ansari said,

    aap sabhi logan ke tinku ke salam v namaskar aaj ke din bahut badhia ba ki ham hu ih portal ke id use kar sakina aap log dekhi sabhi rajya ta batlahi ba aaj ham ni ke bhojpuria log ke bhasha pure desh me chal rahal ba thanks from tinku Ansari

  5. akhil said,

    bahut badhiya bhai. hamro site dekhal jai.
    http://bhojpurisongonline.blogspot.com


Leave a Comment